मुख्य पृष्ठ

भोजपुरी वेबसाइट में राउर लोगन के स्वागत बा Bhojpurishubhsandesh.com

मसीह में प्यारे दोस्त लोगन भोजपुरी ब्यक्ति समूह औउरी इ लोगन के भाषा के बारे में जाने खातिर इ वेबसाइट सबसे सर्वोत्तम बा. भोजपुरी छेत्र  के स्थान (उत्तरी भारत औउरी पश्चिम मध्य नेपाल ) बा जहा भोजपूरी मात्री भाषा के रूप में बोलाल जाला । उत्तरी भोजपुरी उत्तर प्रदेश के देवरिया गोरखपुर औउरी बस्ती इलाका उत्तरी बिहार औउरी नेपाल में बोलल जाला । दक्षिणी भोजपुरी बिहार के भोजपुरी रोहतास सारन भाभुवा बक्‍सर सीवान गोपालगंज में औउरी  उत्तर प्रदेश के बलिया औउरी  पूर्वी गाजीपुर में बलाल जाला । पश्‍चिमी भोजपुरी उत्तर प्रदेश के आजमगढ़  गाजीपुर  और मिर्जापुर में बोलाल जाला भोजपुरी संस्‍कृति परंपराओं औउरी  भाषा के विषय में औउरी  अधिक जानकारी रउरा  इ वेबसाइट से प्राप्‍त कर सकिले जा । इ वेबसाइट में राउर लोग  भोजपुरी लोगन  के विडियोज़्‍ा के आनन्‍द जरुर  उठाइ । इ वेबसाइट के माध्‍यम से रउरा लोग  भोजपुरी लोगन के बीच में रहल विकास के कार्य के  जानकारी भी हासिल कर सकिले जा। इ साइट अन्‍य महत्‍वपूर्ण लिंक भी रउरा लीग के प्रदान करी  जेकरे  द्वारा रउरा लोग  भोजपुर क्षेत्र औउरी  वहाँ के लोगन  के बारे में अउरी  अधिक जान पाइ ।

हमनी के इ वेबसाइट हिन्‍दी भोजपुरी अउरी  अंग्रेजी भाषा में उपलब्‍ध बा  ताकि इ ओनलाईन  मंच पर रउरा लोगन के खोजे  में सुविधा  होवे  अउरी  राउर लोगअपनी  मनपसंद के विषयवस्‍तु आसानी से खोज  सकी जा । हमनी के  लगातार मसीही गीत विडियो एवं मसीही साहित्‍य अपलोड अउरी  अपडेट करत रहेब के ।

हमनी के कोशिश बा  कि रउरा लोगन के  दिल के  भाषा में हमनी के  शुभसंदेश रउरा लोगन  तक पहुँचा सकी जा  ताकि रउरा लोग  स्‍वतन्‍त्रता से जीवित परमेश्‍वर के  आराधना अपने सांस्‍कृतिक भाषा  संदर्भ में कर सकी जा

हमनी के  आशा करत बानी के  कि हमनी के  वेबसाइट पर आवे  पर रउरा लोग के  समय सुखद हो अउरी रउरा लोग इहा पर इ संसाधन के  प्राप्‍त कर सकी जा मसीही यीशु के साथ रउरा लोगन के  जीवन के  यात्रा में सहायता होवे। हमनी के रउरा लोगन से सुने खातिर इंतजार  करत  बानी जा ।

कृपया हमनी से जरुर  संपर्क करी जा अउरी हमनी  बताइ जा कि हमनी के  अपनी वेबसाइट के  कईसे  सुधार कर सकी ले जा ताकि इ रउरा लोगन खातिर अउरी अधिक अर्थपूर्ण बन सके।

धन्यवाद्

कृपया अपने प्रार्थना में याद रखी जा

प्रभु रौउरा लोगन के आशीष दे